कोरोना लॉकडाउन का बारे में केन्द्र सरकार के फैसला

केन्द्र सरकार का तरफ से इशारा दीहल गइल बा कि लगातार तीन दिन ले अगर कोरोना के नया मरीजन के गिनिती घटत जाई तबहिए लॉकडाउन हटावल जाई.
जान जाईं कि जस जस 14 अप्रेल नियरात जात बा तस तस लोग के बेचैनी बढ़ल जात बा. लोग जानल चाहत बा कि लॉकडाउन कहिया हटावल जाई. एही बीच कई गो राज्य सरकारन के कहना बा कि अबहीं ल़कडाउन हटवला से कोरोना के काबू करे में दिक्कत आ सकेला.
एह बीच आजु शोयर बाजार में बड़हन उछाल देखे के मिलल आ सेंसेक्स एक दिन में 2200 अंक चढ़ के बन्द भइल. लोग के लागत बा कि कोरोना के कहर अब मधिम पड़े लागल बा आ अब खरीददारी करे के समय आ गइल बा. अब को मौका छूटल त फेर अइसन मौका जल्दी नइखे मिले वाला.
अपना मोदी विरोध के आदत का चलते कुछ विघ्न संतोषी कवनो ना कवनो बहाने सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगावत बाड़ें. बाकिर आजु सुप्रीम कोर्ट का तरफ से साफ कह दीहल गइल कि मौजूदा माहौल में सरकार के काम में कवनो तरह के दखल दीहल ठीक ना होखी आ कुछ दिन बाद जब हालात में कुछ सुधार होखी तबे सरकार से सवाल पूछल ठीक होखी.
अमेरिका के गोहार सुनके मानवता का नाम पर सरकार कुछ दवाईयन के निर्यात के इजाजत दे दिहलसि जवना के कोरोना का इलाज में इस्तेमाल कइल जाए वाला बा. ओने अमेरिका के अखबारन के कहना बा कि हिन्दुस्तान के कुछ कंपनियन में ट्रंप के हिस्सेदारी बा आ ओहनी के नाजायज फायदा चहुँपावे ला ट्रंप ई दवाई मँगावत बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।