खइले रहीं कसम

– अभयकृष्ण त्रिपाठी

खइले रहीं कसम अब कलम ना उठाएब,
सबसे पहिले मन के अन्धकार मिटाएब.

दिन बीतल युग बीतल बीत गइल हर काल,
मोहमाया के चक्रव्यूह के नाही टूटल जाल.
खाली हाथ जाए के बा पर गठरी ठूस रहल बानी,
झूठा शान खातिर अपनन के लहू चूस रहल बानी.
बाबू माई से अलगा के किस्सा कइसे करीं बखान,
खइले रहीं कसम अब कलम………. .

बुरा जो देखन के दोहा खुद पर फिट बा,
हमार साथ पाके अन्ना के अनशन हिट बा.
अपना अपना स्तर पर हेर केहू भ्रस्ट बा,
छोटका चोरवे बड़का चोर से त्रस्त बा.
आपन करनी जग के सामने काहे गिनाएब,
खइले रहीं कसम अब कलम………. ।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।