खबरदार! घूस दिहलऽ त शिकायत मत करीहऽ

केन्द्र सरकार कानून बनावे जात बिया जवना का बाद घूस देबहू वालन के जेल भेजल जा सकी. अबहीं ले घूस दिहल अपराध ना रहुवे, लिहले अपराध रहुवे. एह चलते लोग घूस खोर अधिकारी के शिकायत कर के रंगे हाथ पकड़वा देत रहुवे. सरकारी अधिकारियन के मनोबल पर एकर खराब असर पड़त देख सरकार कानूने बदल दी आ अब घूस देबहुवो वाला अपराधी मानल जइहें आ उनुको के सजा दिहल जाई.

एह संशोधन का बाद सरकारी अधिकारियन का खिलाफ घूस लेबे के शिकायत में एकदमे कमी हो जाई आ सरकार ढिंढोरा पीट पाई कि भठियरपन पर काबू हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।