खबर एक नजर में (14 मई 2011)

मायावती सरकार के चार साल

उत्तरप्रदेश के मौजूदा मायावती सरकार के काल्हु चार साल पूरा हो गइल. एह मौका पर लखनऊ में आयोजित एगो समारोह में बोलत मायावती कहली कि केन्द्र सरकार का अनदेखी का चलते राज्य के समुचित विकास नइखे हो पावत काहे कि केन्द्र समय पर धन नइखे देत. तबो राज्य सरकार अपना संसाधन का सहारे जतना संभव बा ओतना विकास करे में लागल बिया. कहली कि अगर केन्द्र बीच में फच्चर ना फँसावे त अगिला तीन साल में राज्य से बिजली संकट खतम हो जाई.


सदानंद सिंह जमानत याचिका लगवले

पूर्व विधानसभाध्यक्ष सदानन्द सिंह अपना पर दायर अनियमित बहाली करे का मुकदमा में जमानत खातिर विशेष अदालत में याचिका दायर कइले बाड़न जवना पर सोलह मई के सुनवाई होखी. याचिका में कहल गइल बा कि एह मामिला के हाई कोर्ट पहिलही खारिज कर चुकल बा. अदालत के एह बहाली में कवनो तरह के अनियमितता ना मिलल रहे.


बी॰एन॰कॉलेज के प्राचार्य के नियुक्ति रद्द

पटना हाई कोर्ट काल्हु बी॰एन॰कॉलेज के प्राचार्य राज किशोर प्रसाद के नियुक्ति करे वाली अधिसूचना के रद्द कर दिहलसि. उनुका नियुक्ति का खिलाफ कॉलेजे के एगो व्याख्याता राय मुरारी याचिका दायर कइले रहलन जवना पर अदालत के फैसला आइल बा.


पिपराइच से राजमति निषाद जीतली

पिपराइच विधानसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में सपा उम्मीदवार राजमति निषाद अपना निकटतम प्रतिद्वन्द्वी जितेन्द्र जायसवाल के साढ़े छब्बीस हजार वोट से हरा दिहली. भाजपा उम्मीदवार राधेश्याम सिंह तीसरा जगह पर रहलें. कांग्रेस आ बसपा आपन उम्मीदवार ना दिहले रहे.


मुस्लिम विश्वविद्यालय में पढ़ाई फेर शुरु

अलीगढ़ मुस्लिम विश्चविद्यालय के छात्रन के दू गो गुट का बीच भइल लड़ाई आ गोलीबारी का बाद विश्वविद्यालय के अनिश्चित काल खातिर बन्द कर दिहल गइल रहे. अब फेर से पढ़ाई के काम शुरु हो गइल बा आ विश्वविद्यालय के कई चरण में खोलल जाई,


डा॰के॰के॰पी॰सिंह के निधन
मुजफ्फरपुर के श्रीकृष्ण मेडिकल कॉलेज से अवकाश प्राप्त सर्जन प्राध्यापक डा॰के॰के॰पी॰ सिंह के काल्हु उनुका आवास पर निधन हो गइल. डा॰ सिंह ढेर दिन से दमा रोग से पीड़ित रहले. उनुका निधन पर मुजफ्फरपुर समेत राज्य के डाक्टर शोक मग्न हो गइले. डा॰ के॰के॰पी॰ सिंह बेजोड़ सर्जन रहले.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।