गंगादेवी का बाद "गंगा रामजी" ले अइहें अभिषेक चड्ढ़ा

“गंगा”, “गंगोत्री” आ “गंगादेवी” का बाद निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा अब अपना अगिलका फिलिम “गंगाराम जी” के तइयारी में लाग गइल बाड़न. अबही एह फिल्म के कथा-पटकथा पर काम करत अभिषेक चड्ढ़ा के कहना बा कि उनुका नज़र में गंगा से पवित्र दोसर कुछ नइखे. इहे वजह ह कि उनुका हर फिलिम के टाइटिल में गंगा शब्द जरूर जुड़ल रहेला.
कसल पटकथा आ चुस्त निर्देशन खातिर जानल जाये वाला निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के खासियत ई ह कि ऊ अपना फिलिमन के एतना गहिरा डिटेलिंग करेलन कि उनुका साथ काम करे वाला हर स्टार दुबारा उनुका साथे काम करे खातिर लालायित हो जाला. इहाँ ले कि खुद अमिताभो बच्चन उनुका निर्देशकीय समुझ के मुरीद हउवन.

पिछलका तीन फिलिमन में हिंदी सिनेमा के एह महानायक को निर्देशित कर चुकल अभिषेक चड्ढ़ा के कहना बा कि अगर मौका मिलल त ऊ बड़का सितारन के लेके “गंगा किनारे वाला” नाम से एगो फिलिम जरूर बनइहे.


(रंजन सिन्हा आ स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।