गंगादेवी का बाद "गंगा रामजी" ले अइहें अभिषेक चड्ढ़ा

“गंगा”, “गंगोत्री” आ “गंगादेवी” का बाद निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा अब अपना अगिलका फिलिम “गंगाराम जी” के तइयारी में लाग गइल बाड़न. अबही एह फिल्म के कथा-पटकथा पर काम करत अभिषेक चड्ढ़ा के कहना बा कि उनुका नज़र में गंगा से पवित्र दोसर कुछ नइखे. इहे वजह ह कि उनुका हर फिलिम के टाइटिल में गंगा शब्द जरूर जुड़ल रहेला.
कसल पटकथा आ चुस्त निर्देशन खातिर जानल जाये वाला निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के खासियत ई ह कि ऊ अपना फिलिमन के एतना गहिरा डिटेलिंग करेलन कि उनुका साथ काम करे वाला हर स्टार दुबारा उनुका साथे काम करे खातिर लालायित हो जाला. इहाँ ले कि खुद अमिताभो बच्चन उनुका निर्देशकीय समुझ के मुरीद हउवन.

पिछलका तीन फिलिमन में हिंदी सिनेमा के एह महानायक को निर्देशित कर चुकल अभिषेक चड्ढ़ा के कहना बा कि अगर मौका मिलल त ऊ बड़का सितारन के लेके “गंगा किनारे वाला” नाम से एगो फिलिम जरूर बनइहे.


(रंजन सिन्हा आ स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..