MithileshGahmari

– मिथिलेश गहमरी

जरूर चाँदनी बिहँसी सुतार होखे दीं,
उदास चान के गरहन से पार होखे दीं.

बन्हाई काँहे ना जिनगी क पीर मूट्ठी में,
हिया के पीर त अउरी सयार होखे दीं.

इहे बा साँच कि, ओहारो बेच के खइहन,
हुजूर, डोलीके उनके कहाँर होखे दीं.

के बाटे काँच के टुकड़ा, के बा असल हीरा,
पता त लागिए जाई, अन्हार होखे दीं.


संपर्क सूत्र :
ग्रा॰ पो॰ गहमर, जिला गाजीपुर – 232327 मोबाइल – 09451936687

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बहुत नीक.

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।