27 बरीस पहिले का बिहार में – जब झारखण्ड अलगा ना भइल रहुवे – भइल चारा घोटावा में चारा चोर का नामम से मशहूर हो गइल लालू प्रसाद के आजु साढ़े तीन बरीस के जेल आ पाँच लाख रुपिया के सजा सुना दीहल गइल सीबीआई का विशेष अदालत में. लालू का साथही एह घोटाला के 17 गो अउरी घोटालाबाजन के अइसहीं साढ़े तीन बरीस से ले के सात बरीस तकले के आ पाँत लाख रुपिया से ले के दस लाख रुपिया तक के जुर्माना सुनवलसि अदालत.
लालू आ उनुका वकीलन के लाख गोहारन का बावजूद तीन बरीस से बेसी के जेल सजा मिलला का चलते अब उनुकर जमानत हाई कोर्ट छोड़ कवनो देसरा अदालत से ना मिल पाई. पिछला बेर जब लालू जेल गइल रहलन तब झारखण्ड में उऩुका दोस्त के सरकार रहुवे आ जेल में रहला का बावजूद उनुका लगे सभ सुविधा मौजूद रहल. अबकी बेर झारखऩ्ड के भाजपा सरकार में उऩुका पुरनका सहूलियत ना भेंटा पाई. आजुए राजद कार्यकारिणी के बइठक पटना में होखे जा रहल बा जवना में लालू के जेल गइला का बाद के हालात के लेखा जोख लेत आगे के रणनीति बनावल जाई.
अबहीं लालू के राजनीतिक वारिस उनुका छोटका बेटा का सोझा कवनो चुनौती मिले के अनेसा नइखे बाकिर देस सबेर राजद गोल के बड़का नेतवन में उमेद के कीड़ा काटे के बातो से इन्कार नइखे कइल जा सकत. काहें कि लालू अपना गोल के प्राइवेत लिमिटेड कम्पनी बना के राख दिहले बाड़न जवना में आम कार्यकर्ता के कवनो मोल नइखे. पिछला बेर जेल गइल रहलें त अपना मेहरारू के कुर्सी सउँप के गइल रहलें. अबकी कुर्सी त नइखे बाकिर राजद के सम्हारे के जिम्मेदारी अपना बेटा के सउँप के गइल बाड़न लालू. ,
देखल जाव साँप के केंचुल कब ले उतरत बा.
0 Comments