
पश्चिम बंगाल के भवानीपुर विधानसभा सीट पर होखे जा रहल चुनाव पर देशे ना पूरा दुनिया के नजर टिकल होखी. नन्दीग्राम में चुनाव हार चुकल मुख्यमंत्री ममता बनर्जी ओकरा बावजूद कुर्सी पर टिकल बाड़ी आ ओह पर टिकल रहे खातिर उनुका ई चुनाव जीतल बहुते जरुरी बा. वइसे भवानीपुर ममता बनर्जी के आपन सीट रहल बा आ पिछला बेर शुवेन्दु के चुनौती सकारत ऊ नन्दीग्राम से चुनाव लड़ल रहली.
उनुका हार आ उनुका गोल का जीत का बाद बंगाल में जवन हिंसा के दौर चलल तवन अबहियों थथमल नइखे. बाकिर एह हिंसा का खिलाफ मजगर आवाज उठावे वाला आ हाई कोर्ट से लगायत सुप्रीम कोर्ट ले तृणमूल के चुनौती देबे वाली वकील प्रियंका टिब्रीवाल अब ममता बनर्जी का खिलाफ चुनावो मैदान में उतर गइल बाड़ी. तृणमूल के इतिहास देखत उनुका जान पर पूरा जोखिम रहला का बावजूद ऊ जंग करे के जिगरा देखवले बाड़ी त जरुर प्रियंका में जिगरा बा. देखल जाव कि भवानीपुर के जनता कवन फैसला देत बिया. कांग्रेस पहिलहीं हरदी-गुरदी बोल के मैदान से बाहर हो गइल बिया आ बँवारा गिरोहो का तरफ से ममता के कवनो चुनौती नइखे मिले जात.
पिछला विधानसभा चुनाव आ ओकरा पहिले के पंचायत चुनाव में आपन जनसमर्थन साबित कर चुकल भाजपा अब पश्चिम बंगाल के बड़हन गोलन में सबले बड़हन विपक्ष बनि के सामने आइल बिया आ बम-गोला के परवाह ना कर के मैदान में टिकल बिया.
पिछला चुनाव से अंटाली से चुनाव हरला का बावजूद प्रियंका टिब्रीवाल हार नइखी मनले आ चुनाव बाद भइल हिंसा का खिलाफ अदालती कार्रवाई से पीड़ित जनता का पक्ष में अदालत से फैसला करा चुकल अब जनता से फैसला करवावल चाहत बाड़ी. उनुकर कहना बा कि चुनाव हरला का बावजूद ऊ जनता के साथ ना छोड़ली आ अब जनता के जिम्मेवारी बा कि उनुकर साथ देव.
करीब 40 बरीस के प्रियंका भाजपा युवा मोर्चा के प्रदेश उपाध्यक्षो हई. दिल्ली से स्नातक आ कोलकाता से लॉ स्नातक प्रियंका बिजनेस मैनेजमेंटो के डिग्री थाईलैंड से लिहले बाड़ी.
0 Comments