जौनपुर में निरहुआ के रखवाली में लागल बाड़ी रिंकू घोष

सिनेमा भोजपुरी के ड्रीमगर्ल रिंकू घोष एह घरी जौनपुर में निरहुआ का साथे फिल्म “रखवाला” के शूटिंग करत बाड़ी. फिल्म में उनुकर किरदार एगो चुलबुली ग्लैमरस डॉल के बा जवन बाद में निरहुआ के पत्नी बनत बिया आ जिम्मेदार पत्नी. निर्देशक हउवन असलम शेख.

रिंकू घोष आ मनोज तिवारी के हालिया रिलीज फिल्म ‘भईया हमार दयावान’ जबरदस्त हिट भइल. रिंकू घोष आ रवि किशन के फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ सुपर डुपर हिट रहल. अब रिंकू घोष फेरु भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आ सुपर स्टार रवि किशन का साथे फिल्म ‘अंधा कानून’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’ में नजर आवे वाली बाड़ी.

रिंकू घोष पहिलहू सुपर स्टार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ का साथे फिल्म ‘मृत्युंजय’ में आइल रहली आ उहो फिलिम सुपर डुपर हिट रहल. रिंकू घोष क साथे ‘बिदाई’ जइसन सुपर हिट फिल्म देबे वाला निर्देशक असलम शेखे “रखवाला” निर्देशित करत बाड़े. एह फिल्म में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, रिंकू घोष, मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, बृजेश त्रिपाठी, आलोक यादव वगैरह के खास भुमिका बा. गीतकार विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव, संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा आ छायाकार अकरम खान हउवे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।