झीमी-झीमी बूनी बरिसावेले बदरिया

Ram Raksha Mishra Vimal

– डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

झीमी-झीमी बूनी बरिसावेले बदरिया
लागेला नीक ना ।
हँसे सगरी बधरिया लागेला नीक ना ।

सरग बहावेला पिरितिया के नदिया
छींटे असमनवा से चनवा हरदिया
धरती पहिरि लिहली हरियर चुनरिया
लागेला नीक ना ।
नील रंग के किनरिया लागेला नीक ना ।

बरिसि-बरिसि घन पात-पात धोवे
कवि आ रसिक सभ सुध-बुध खोवे
झूमि-झूमि गावेलिन झूमर सभ सुंदरिया
लागेला नीक ना ।
चले देली ना डगरिया लागेला नीक ना ।

नाचे लगले मोरवा मोरिनिया के संगवा
मनवा गोताए लागल नेहिया के रंगवा
गगन मगन भइले झरली फुहरिया
लागेला नीक ना ।
देखि छबि के बजरिया लागेला नीक ना ।

अवते सवनवा ना होखे के मगनवा
खनकि-खनकि उठे गोरी के कंगनवा
फाटि जाले बदरी के मन के अन्हरिया
लागेला नीक ना ।
खुले प्रीत के डगरिया लागेला नीक ना ।

2 Comments

  1. महेश लाल श्रीवास्तव

    विमलजी, सभन से पहिले रउआ के धन्यवाद। एह सावन महिना के रंग में गोताइल राउर कविता (झूमर) हमरा मन के सराबोर क देलस। बहुत बढ़िया सोच के साथ कविता के एक-एक लाइन रउआ माला अइसन गोंथ के बनवले बानी। भोजपुरी के चासनी में डुबावल एकदम नरम खझुली के स्वाद रउआ परोस देले बानी।

    • डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

      का कहलीं भाईजी, नमस्कार।रउरा नीक लागल, आ अतना सजाके प्रतिक्रिया लिखलीं, हम त नतमस्तक बानी। आभार।आग्रह बा कि अउरियो रचनन पर समय-समय पर आपन मूल्यवान प्रतिक्रिया देके भोजपुरिका आ हमरा के जरूर कृतार्थ करत रहीं। रा.मि.विमल



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।