डंका का चोट पर ‘रंगबाजी’ देखवले हैदर काजमी

‘मुगल-ए-आजम’ के बाद हाथी पर चढ़के सिनेमाघर चहुँपल ‘रंगबाज’ के प्रिंट.

हैदर काजमी के रंगबाजी बिहार में चलल आ खूब चलल. बिहार में शुक २९ जुलाई के रिलीज फिल्म ‘रंगबाज’ के सफलता के आलम ई रहल कि ढेर दिन बाद कवनो फिल्म देखावत सगरी थियेटर में हाउसफुल के बोर्ड लटकल मिलल. पटना में रंगबाज के नायक हैदर काजमी के प्रशंसक उनुका के हाथी पर बइठा के आ फूल माला से लादके थियेटर ले चहुँपवले, आ फिल्म ‘मुगल-ए-आजम’ का बाद पहिला बेर अइसन भइल कि कवनो फिल्म के प्रिंट हाथी का पीठ पर थियेटर चहुँपल.

‘रंगबाज’ फिल्म देखे खातिर हर जगहा सबेरही से लमहर लाइन लागल रहुवे आ जसही टिकट काउंटर खुलल आधा घंटा का भितरे सगरी टिकट बिका गइल. ‘रंगबाज’ के नायक, आ भोजपुरी फिलिमन के मिथुन चक्रवर्ती, हैदर काजमी खातिर सुरक्षा के खास तगड़ा इंतज़ाम कइल गइल रहे बाकिर हैदर काजमी सुरक्षा घेरा तूड़ के दर्शकन से हाथ मिलवले. मानल जात बा कि भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में मनोज तिवारी का बाद पहिला बेर कवनो कलाकार अपना प्रशंसक से मिले खातिर सुरक्षा घेरा तूड़ले बा.

हाल का दिन में सबले चर्चित भोजपुरी फिल्म ‘रंगबाज’ 29 जुलाई के मुंबई आ बिहार के सौ गो से बेसी सिनेमाघर में एके साथ प्रदर्शित भइल. एह फिल्म के आयटम नम्बर ‘लच लचके तोहरी कमरिया, जोबना मारे उफान…’ पहिलही बिहार में सुपर डुपर हिट हो चुकल बा आ अब फिल्म के शानदार सफलता से हैदर काजमी का रूप में भोजपुरी सिनेमा के एगो अउरी सुपर डुपर स्टार मिल गइल बा.

एह फिल्म के निर्देशन शिवराम यादव कइले बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments