तुलिप के नया रूप

‘धमाल कइल राजा’ में नकचढ़ी अउर घमंडी लड़िकी बनल तुलिप सिंह के अब प्रमोशन हो गइल बा. अब ऊ पुलिस में भर्ती होखे जात बाड़ी.

हैरान मत होईं, काहे कि हम बात करत बानी उनुकर अगिला फिलिम ‘राजपूत पवन सिंह’ के, जवना में तुलिप सिंह एगो डी.सी.पी. के रोल में नज़र आवे वाली बाड़ी. बकौल एक्ट्रेस तुलिप सिंह ऊ अपना के रिपीट कइल पसंद ना करेली. ‘दे दे पिरीतिया उधार’, ‘गाँव की गंगा’, ‘के बनी दूल्हा’, ‘धमाल कइलऽ राजा’ अउर ‘काली’ ले ऊ आपन विविधता बनवले रखले बाड़ी. तुलिप के कहना बा कि ऊ कवनो एगो इमेज में बन्हा के रहल नइखी चाहत.

अब देखे के बा कि तुलिप के ई नयका अवतार दर्शकन के कतना नीक लागऽता.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।