दामाद जी

– नूरैन अंसारी

नंबर कौनो भी मेहमान के आवेला उनका बाद जी.
अतिथि में सबसे श्रेष्ट मानल जालेन दामाद जी.
पाहून जब कबो जालेन अपना ससुराल में.
घर के सब केहू लग जाला उनका देखभाल में.
पकवान बने ला उहे जवन होला सबसे ख़ास.
होखे ना तनको कमी सबकर रहेला इ प्रयास.
काहे की, सुहाग बेटी के उनके से होला आबाद जी.
अतिथि में सबसे श्रेष्ट मानल जालेन दामाद जी.
लोग देला अपना दामाद के खुबे खर-खरिहानी.
की ससुराल में बेटी के ना होखे कौनो परेशानी.
बेटी-दामाद के नाम से ही मन में स्नेह जागेला.
रूठल गईल दामाद के भगवान के रूठल लागेला.
सौप देला जेकरा हाथ में माई-बाप आपन औलाद जी.
अतिथि में सबसे श्रेष्ट मानल जालेन दामाद जी.


नूरैन अंसारी के पिछलका रचना

1 Comment

  1. Noorain Ansari (Ek Gumnaam Shayer)

    Mast ba noorain bhai…
    bus yehi lakhan likhat rah…bhagwan ek din tahra ke jaroor kamyab karihen…

    Akhilesh Tiwari

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..