दिलेर अक्षरा सिंह

akshara-nirahuaसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह जल्दिए आपन दिलेरी देखावत लउकीहें अपना अगिला फिलिम “दिलेर” में. एह फिलिम में अक्षरा के नायक बाड़ें सुपर स्टार निरहुआ.

बिहार के चर्चित विधायक, फिल्म वितरक आ निर्माता डॉ . सुनील के एह अगिला फिलिम में निरहुआ आ अक्षरा सिंह के जोड़ी के दिलेरी देखे के मिली. एकर शूटिंग फिलहाल हैदराबाद में जोर शोर से चलत बा. हिट फिलिम आ डॉ. सुनील में कवनो फरक ना माने लोग. अइसनका निर्माता के फिलिम में काम करे के मौका मिलला से उत्साहित अक्षरा के कहना बा कि डा॰ सुनील के फिलिम में काम कंइला के एगो अलगे अनुभव होला.

बतावे जोग बा कि अक्षरा दुसरका बेरि निरहुआ संगे काम करत बाड़ी. एहसे पहिले दुनु जने निर्देशक जगदीश शर्मा के फिलिम “एक बिहारी सौ पे भारी” में काम कइले रहे.

अक्षरा के आवे वाली फिलिमन में प्रतिज्ञा 2, प्रतिघात , ठोक देब खास बाड़ी सँ. प्रतिज्ञा 2 में ऊ अभिनेता अनिल सम्राट संगे त फिलिम “ठोक देब” में पवन सिंह संगे आवत बाड़ी. अक्षरा राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद गहतराज के महिला प्रधान फिलिम “प्रतिघात” में अक्षरा केंद्रीय भूमिका में बाड़ी.


(उदय भगत)
अक्षरा

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।