दिल्ली में मनावल गइल भिखारी ठाकुर के पुण्य तिथि

भोजपुरी के शेक्सपीयर के नाम से मशहूर लोक कलाकार भिखारी ठाकुर अपना जमाना में जवना सामाजिक बुराईयन का खिलाफ लड़ाई लड़लन ऊ समस्या आ सामाजिक बुराई कमोवेश आजुओ समाज में मौजूद बा. भिखारी ठाकुर के नाटकन में नशाखोरी, धर्मिक पाखण्ड, संयुक्त परिवार बिखरे के त्रासदी, बेटी बेचे के कुप्रथा, नारी पर अत्याचार वगैरह का खिलाफ आवाज बुलंद कइले रहन. जरूरत बा कि आजुओ भिखारी ठाकुर के विचार अपना के देश आ समाज के सही दिशा दिहल जाव. अइसने राय रखलन आधुनिक साहित्य पत्रिका के संपादक आ विश्व हिंदी साहित्य परिषद् के अध्यक्ष आशीष कंध्वे जे दिल्ली में बिहारी खबर का कार्यालय में आयोजित भिखारी ठाकुर पुण्य स्मृति का कार्यक्रम के अध्यक्षता करत कहलन.

भिखारी ठाकुर मेमोरियल ट्रस्ट, चैतन्य भारत न्यास, अउर बिहारी हेल्प लाइन के मिलल जुलल आयोजन में ‘भिखारी ठाकुर लोक भाषा पुस्तकालय’ के विधिवत शुरूआत कइल गइल. पुस्तक संस्कृति आंदोलन के प्रणेता आ रामधारी सिंह दिनकर न्यास के अध्यक्ष नीरज कुमार पुस्तकालय के उद्घाटन करत कहलन कि देश भर में पुस्तकालय आंदोलन चलावे के मकसद ई बतावल बा कि आदमी के शराब ना किताब चाहीं. नीरज कुमार पुस्तकालय ला हर संभव मदद करे के भरोसा दिहलन.

भोजपुरी जिनगी के संपादक संतोष पटेल अपना कविता के माध्यम से भिखारी ठाकुर के श्रद्धांजलि दिहलन आ पुस्तकालय आंदोलन के माध्यम से राष्ट्रीय चेतना जगावे पर जोर दिहलन. आर.टी.आई. कार्यकर्ता सत्येन्द्र उपाध्याय कहलन कि भिखारी ठाकुर के विचार जन-जन तक पहुंचावे के जरूरत बा. ऊ दिल्ली के कवनो सड़क के नाम भिखारी ठाकुर के नाम पर राखे के मांग कइलन.

भिखारी ठाकुर मेमोरियल ट्रस्ट के सचिव लोकगायक गजाधर ठाकुर अगिला छह महीना ले भिखारी ठाकुर लोक उत्सव के आयोजन के जानकारी दिहलन. ज्ञान गंगोत्री संस्था के अध्यक्ष भाई बी.के. सिंह गोहार लगवलन कि भिखारी ठाकुर पुस्तकालय में अधिका से अधिका पुस्तक दान दिहल जाव. बिहारी हेल्प लाईन आ बिहारी खबर के संस्थापक अश्वनी कुमार पुस्तकालय ला 51 सौ रुपये के सहयोग दिहलन आ बिहार के छपरा में भिखारी ठाकुर लोककला संग्रहालय स्थापित करे खातिर फाउंडेशन के जमीन दान देबे के एलान कइलन.

एह कार्यक्रम में बिहारी खबर के संवाददाता संतोष सिंह, नीलांजन बनर्जी, श्रीकृष्णा गिरी, उज्जवल कुमार मंडल आ बब्लु कुमार वगैरह लोग शामिल भइल. कार्यक्रम के संयोजन आ संचालन मुन्ना पाठक कइलन.


(ईमेल से मिलल खबर)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।