दुनिया के ठेठ भोजपुरियन के जमावड़ा होखे जा रहल बा आगरा में

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के ९वाँ राष्ट्रीय अधिवेशन २२ आ २३ मई के सूरसदन, आगरा में आयोजित कइल जा रहल बा. मारीशस में संपन्न चउथका अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन का पृष्ठभूमि में एकर खास महत्व बा. आगरा सम्मेलन में अमेरिका, ब्रिटेन, मारीशस, सिंगापुर, नेपाल समेत कई देश के प्रतिनिधि शामिल होखे जा रहल बाड़े.

एह सम्मेलन में भोजपुरी व्याकरण,Mano राष्ट्रीय एकात्मकता जइसन विषयन पर कई गो वर्कशॉप आ संगोष्ठी होखी. २२ मई के साँझ होखे वाला कवि सम्मेलन में राष्ट्रीय स्तर के कवि आपन कविता पाठ करीहें. ओकरा बाद मेघदूत की पूर्वांचल यात्रा के मंचन होखी. मेघदूत की पूर्वांचल यात्रा सलेमपुर, देवरिया से संचालित सफलतम गीत नाटिका ह.

२३ मई के साँझ समापन समारोह में सम्मान समारोह आयोजित कइल जाई. ओहि दिने भोजपुरी लोकसम्राट मनोज तिवारी का नेतृत्व में लोक रंग के कार्यक्रम होखी जवना में पद्मभूषण तीजन बाई, कजरी साम्राज्ञी उर्मिला श्रीवास्तव, मालिनी अवस्थी, रामकैलाश यादव वगैरह कलाकार शामिल होखीहें. एही कार्यक्रम में आजमगढ़ के एगो मण्डली धोबिया नाच आ गोड़ऊ नाच पेश करी. आगरा के एगो मण्डली चारकुला नृत्य के प्रस्तुति करी. भोजपुरी मेगा स्टार आ लोकप्रिय गीतकार मनोज तिवारी अपना टीम का साथ दर्शकन से संवाद स्थापित करीहें.

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय कार्यकारिणी २१ मई के बइठे वाली बा जवना में नयका कार्यकारिणी के गठन कइल जाई. एही में पांचवा अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन एम्सटर्डम में करावे के प्रस्ताव पारित होखी. साथही अगिलका राष्ट्रीय सम्मेलन के जगहो तय कइल जाई.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

1 Comment

  1. Santosh Kr. Patel

    रास्ट्रीय भोजपुरी सम्मलेन
    आ अंतरराष्ट्रीय भोजपुरी सम्मलेन
    एकरा से निचे के सम्मलेन होबे न करे
    बाकिर हमार निहोरा सब भोजपुरी से बा की
    भोजपुरी भाषा के पढाई नालंदा खुला विश्वविदालय
    बिहार विश्वविदालय, कुवर सिंह विश्वविदयाला आ
    विश्व के सबसे बड विश्वविदाल्या ईग्नू में भी आधार पाठ्यकर्म के शुरू भइल बा
    जब ले भोजपुरी जन जन के भाषा नइखे बन जात तब ले भोजपुरी के उचित सम्मान न मिल सके
    सच्चाई ई बा के ऊपर दिहल संस्थानन में भोजपुरी के छात्र के संख्या न के बराबर बा.
    सचाई जे के होखे त खुदे जाँच करा सकी नी.
    ” ई विश्व भोजपुरी सम्मलेन संस्था बा उ आज ले उत्तर प्रदेश में आ गो अकादमी न बनवा सकल त इ विश्व भोजपुरी सम्मलेन के ओचित्य का बा”
    खुला प्रशन : बा हिम्मत त जबाब दे कोई ??????????????????????????

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।