‘‘देवरा पे मनवा डोले’’ 10 मई से रिलीज

संयोगिता फिल्म्स के बैनर में बनल सिनेमा भोजपुरी के सबसे सफल निर्माता आलोक कुमार के नयकी फिलिम ‘देवरा पे मनवा डोले’ १० मई से बिहार में रिलीज होखत बा. प्रेमांशु सिंह के निर्देशन में बनल एह समहर मनोरंजन वाली फिलिम में नयका सुपरस्टार खेसारी लाल यादव का संगे स्मृति सिन्हा, अंजना सिंह, रानी चतुर्वेदी, प्रकाश जैस, अनुप अरोड़ा आ बृजेश सिंह के प्रमुख भुमिका बा.

नायक खेसारीलाल एह फिल्म में अपना भईया के साली स्मृति सिन्हा से दिल लगा लेत बाड़े. संगीत मधुकर आनंद के, गीत विनय बिहारी, फनीन्द्र राव, कृष्णा बेदर्दी आ प्यारे लाल यादव के बा. भोजपुरी के स्टार गायक अभिनेता पवन सिंह एह फिल्म में ‘‘रूपवा सलोना ए धनिया मन करे निहारत रहीं’’ गाना गवले बाड़न. फिल्म के बहुते गाना जइसे कि दिदिया रे दिदिया देवरे पे मनवा डोले, ए सजना बोलऽ अईब की ना अईब, उठवना क द दुध के अबहिए से लोग का जुबान पर चढ़ चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।