"देश परदेश" से बदली सिनेमा भोजपुरी के किस्मत – दीपक दुबे

DeepakDubeyसिनेमा भोजपुरी एह घरी बदलाव के दौर से गुजरत बा. बदलाव के एह सोच का पाछा सिनेमा के कारोबारी शिकंजा से बाहर निकाले के चाहत बा ओह अभिनेतन के जे एह माहौल के बदलल चाहत बाड़े, अइसने एगो अभिनेता हउवन दीपक दुबे जे आजु काल्हु सिनेमा भोजपुरी में तेजी से आपन गो पहिचान बनवले जात बाड़न,

“मुन्नी बाई नौटंकी वाली” जइसन दर्जनों हिट फिलिमन से दर्शकन पर आपन असर डाल चुकल दीपक एह घरी विमल कुमार के फिलिम “देश परदेश” में लागल बाड़न. गौर तलब बा कि विमल कुमार के निर्देशन में बनत एह फिलिम में धरम पा जी पहिला बेर भोजपुरिया दर्शकन का सोझा आवत बाड़न. दीपक दुबे धरम पा जी के बेटा बनल बाड़न. धरम जी के संगे स्क्रीन शेयर करे वाला हर लमहा के अपना जिनिगी के यादगार लमहा मानत बाड़े दीपक दुबे.

दीपक दुबे के कहना बा कि ई फिलिम एगो ट्रेडसेटर फिलिम होखी सिनेमा भोजपुरी ला आ ओकरा के एगो नया आयाम दी ई फिलिम.

“देश परदेश” के अलावहू दीपक दुबे के अनेके फिलिम एह घरी फ्लोर पर बाड़ी सँ आ कुछ जल्दिए रिलीजो होखीहें सँ.


(दिनेश यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।