परधानी के शराब जान ले लिहलसि कई जने के

बलिया जिला के सुखपुरा इलाका के धरहरा गाँव में काल्हु जहरीला शराब पियला का चलते अनेके लोग के तबियत खराब हो गइल बा. कुछ लोग के आँख के रोशनी चल गइल बा आ तीन जने त दुनिए छोड़ के चल गइल बाड़ें.
बतावल जात बा कि पंचायत चुनाव का चलते एह घरी गाँवे गाँव लिट्टी मुर्गा आ दारू के दौर चलत बा. एहू लोग के फोकट के शराब आ पार्टी मिलल त रोक ना पावल लोग आ जहरीला शराब के चपेटा में पड़ गइल लोग.
अब पुलिस जानल चाहत बिया कि शराब बँटले के रहुवे आ कहवां से आइल रहुवे ई शराब.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।