पाखी क एक्शन

सिनेमा भोजपुरी के सुपर अदाकारा पाखी हेगड़े के शानदार एक्शन स्टंटस दर्शक उनुका अगिला फिलिम ‘हंटरवाली’ में देखीहें. एह फिलिम में पाखी हेगड़े घुड़सवारीओ करत लउकीहें. एह फिलिम में पाखी के किरदार फिलिम ‘शहंशाह‘ के अमिताभ बच्चन जस बा जे रात के अन्हरिया में अपना अपराधी दुश्मनन के सर्वनाश करत बा.

एकर निर्माता मुन्ना रिजवी आ निर्देशक कमर जी हउवें.

पाखी हेगडे एहसे पहिले ‘औलाद’, आ ‘दाग’ फिलिमो में एक्शन करत लउकल रही.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।