पारंपरिक निरगुन

– डॅा० जयकान्त सिंह ‘जय’

JaiKantSighJai
(1)

के रे जनम दिहलें, के रे करम लिखलें
कवन राजा आगम जनावेलें हो राम ।।

ब्रम्हाजी जनम दिहलें, उहे रे करम लिखलें,
जम राजा आगम जनावेलें हो राम।।

माई-बाप घेरले बाड़े मुँहवा निरेखत बाड़ें
हंस के उड़लका केहू ना देखेलें हो राम।।

हंसराज उड़ल जालें मंदिर निरेखत जालें
एही रे मंदिरवा अगिया लागिनु हो राम।।

एही रे मंदिरवा में कता सुख पवनीं हो
ओही रे मंदिरवा अगिया लागेला हो राम।।


(2)

सगरी उमिरिया सिराइल हो,
हमरा कुछो ना बुझाइल।

जोतत कोरत, बोअत काटत,
सब दिन रात ओराइल हो।। हमरा….

कुटत पीसत, बाँटत भोगत,
अबले ना अधम अघाइल हो।। हमरा-

हीरा रतन धन साधु ले अइलें,
हाय, मोरा कुछु ना किनाइल हो।। हमरा….

लोग कहे अब पार उतर जा,
हम तीरे ठार्हे लजाइल हो ।। हमरा…


ट्वीटर हैण्डल : @jaikantsinghjai

1 Comment

  1. Ashok Dvivedi

    जयकान्त जी ,के निरगुन नीक लागल ।

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..