पारिवारिक आ मनोरंजक फिलिम ह ‘‘कंचन मन गंगा तन तुलसी’’

kanchanशिव प्रिया फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘कंचन मन गंगा तन तुलसी’ बहुते जल्दि सभतर रिलीज होखे जात बा. निर्माता रीता वेद प्रकाश आ निर्देशक पारस एन. सिंह के ई फिलिम पारिवारिक आ मनोरंजन से भरपूर बा. एहमें अंधविश्वास, तंत्र-मंत्र, ईर्ष्या-द्वेष जइसन कुरीतियन से सावधान करावल गइल बा आ पढ़ाई-लिखाई कइल आ प्रेम से मिलजुल के रहल सिखावल गइल बा.

फिलिम के नायिका तुलसी डाक्टरी पढ़ के गाँवे आवत बिया त दूर-दूर ले कवनो डाक्टर नइखे. सबही एगो ओझा घोड़ारी बाबा से इलाज करावेला जेकरा चक्कर मे पता ना कतना लोग आपन जानो गँवा चुकल बा. तुलसी के शादी ला जब उनकर पिता ओकरा बचपन के दोस्त रतन के पिता बिन्देश्वरी सिंह से बतियावत बा त ऊ इंकार कर देत बाड़ें. बाकि बाद में अपना बेटा के ज़िद माने पड़त बा उनका आ तुलसी आ रतन के बिआह हो जात बा.

कुछ समय बाद पता चलत बा कि तुलसी महतारी ना बन सके त रतन के माई रतन के दोसर शादी करे के बात करत बाड़ी. बिन्देश्वरीओ सिंह सोच में पड़ जात बाड़ें. रतनो दोसर शादी नइखे करे चाहत बाकिर तुलसी के दबाव में घर के चिराग खातिर चंदा से शादी कर ले ता. ओने रतन के बहिन तारा घोड़ारी बाबा के बेटा काली प्रसाद से प्रेम करत बिया जवन तुलसी के इचिको पसंद नइखे. चंदा के गर्भ रह जात बा त तारा, घोड़ारी बाबा आ कालीचरण से मिलके एगो षड्यंत्र करके तुलसी के हमेशा-हमेशा ला ओकरा नइहर भेजवा देत बिया. तारा के एह षड्यंत्र में चंदो शामिल बाड़ी.

बहरहाल आगे के कहानी बहुते खूबसूरती से निर्देशक पारस एन. सिंह परदा पर परोसले बाड़ें. एह फिलिम में दीपक दुबे, तनुश्री चटर्जी, सुदेश बेरी, सिमरन, गिरीश शर्मा, समर्थ चतुर्वेदी, वीरेन्द्र मिश्र, मेहनाज, कंचन अवस्थी, विजय बहल, उमाकांत, गोपाल पाण्डे, जुबेदा, शशि सिंह, रामकृष्ण पटेल अउर अतिथि भूमिका में किरन कुमार खास बाड़ें. आइटम डांस सीमा सिंह कइले बाड़ी.

संगीतकार बाबा जागीरदार, गीत रीता प्रकाश (ऋचा) आ जलास अकबर, पटकथा-संवाद बी.बी. मौजी, नृत्य शैलेश कोली आ प्रवीन, एक्शन हरीश शेट्टी, संकलन चैतन्य वी. तन्ना अउर कैमरामैन जे.डी. शर्मा आ गोपाल डे हउवें.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।