पिछला जनगणना के आंकड़ा से धार्मिक आंकड़ा गायब बा

शुक का दिने साल २०११ में भइल जनगणना के आधिकारिक आंकड़ा जारी कर दिहल गइल. एह आंकड़ा से धार्मिक आधार पर जनसंख्या के आंकड़ा जान बूझ के अलोप राखल गइल बा. काहे कि जानकारन के कहना बा अगर आधिकारिक आंकड़ा जारी होखी त अल्पसंख्यकन के जनसंख्या में तेज रफ्तार से होखत बढ़ोतरी आ हिंदूवन के जनसंख्या बढ़े के रफ्तार में आवत गिरावट जगजाहिर हो जाई. कुछ लोग त इहो कहत बा कि अल्पसंख्यकन के जनसंख्या बढ़ोतरी के रफ्तार का चलते देश के कई राज्यन में अल्पसंख्यकन के अनुपात आबादी के एक तिहाई से अधिका हो गइल बा.

बिहार के जनसंख्या बढ़ोतरी ६१.८ फीसदी रहल जवन देश में १७.७ फीसदी बा. साक्षरता दर बिहार में ६१.८ फीसदी रहल जबकि देश के साक्षरता दर ७३ फीसदी रहल. ई देखावत बा कि बिहार कवना दिसाईं विकास करत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।