पूरा ताकत लगा के दंगा कचारल जरूरी बतवलन योगी आदित्यनाथ

गोरखपुर के गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि मुजफ्फरनगर समेत राज्य के अउरियो जगहन पर होखत दंगा के पूरा ताकत लगा के कचारल जरूरी हो गइल बा. योगी आरोप लगवलन कि प्रदेश में दंगा सत्ता के संरक्षण मे होखत बा. अब त ई जेहादी ताकत मीडियो के निशाना पर ले लिहले बाड़ी सँ. कहलन कि मुजफ्फरनगर, बहराइच, आ सुल्तानपुर के घटना के हाई कोर्ट के देखरेख में एस.आई.टी. से जांच करावल जाय. कहलन कि सपा सरकार बनले अबहीं डेढ़ो साल ना भइल बाकिर तीन दर्जन से अधिका दंगा हो चुकल एह दौरान. बाकिर सरकार उलटे भुगते वालने पर झूठ मुकदमा लादत बिया आ एही चलते लगातार दंगा होखत बा. कानून व्यवस्था पहिलही पटरी से उतर गइल बा.

योगी आदित्यनाथ कहलन कि पिछला एक सप्ताह का भितरे मुजफफरनगर. सुल्तानपुर. रायबरेली आ बहराइच मे दंगा हो गइ. छिटपुट घटना तो रोज के बात हो गइल बा. सुल्तानपुर मे एगो दलित के हत्या भइल आ पुलिस के मौजूदगी में गाँवन में आग लगा दिहल गइल. मुजफ्फरनगर के दंगा का बारे में कहलन कि अगर 27 अगस्ते के दू गो नवहियन के हत्या का मामिला गंभीरता से लिहल जाइत त सात सितम्बर के मस्जिदन आ मदरसन से हमला ना भइल रहीत. पुलिस उलुटे हि्दूवने के प्रताड़ीत करत बिया, जब मस्जिदन से गोली चलावल जात रहुवे तब पुलिस अधिकारी तमाशा देखत रहलें. कहलन कि जवन सरकार लगातार हिन्दुवन के नरसंहार करवावत बिया ओकरा से न्याय के उम्मीद ना कइल जा सके. प्रदेश के पुलिस प्रशासन के चेतावत योगी कहलन कि पुलिस अधिकारी समाजवादी पार्टी के कैडर बनके काम मत करसु ना त एक दिन एह अराजकता का जद में ऊ लोग खुदे आ जाई. (वार्ता)

0 Comments