फगुनवा मे

– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

JaishankarDwivedi
बियहल तिरिया के मातल नयनवा, फगुनवा में ॥
पियवा करवलस ना गवनवां, फगुनवा में ॥

सगरी सहेलिया कुल्हि भुलनी नइहरा ।
हमही बिहउती सम्हारत बानी अँचरा ।
नीक लागे न भवनवा, फगुनवा में ॥
पियवा …..

पियराइल सरसों, मटरियो गदराइल ।
फुलल पलास बा महुअवों अदराइल ।
बदले लागल नजर जमनवा, फगुनवा में ॥
पियवा ….

नाही सहाला अब भउजी क चिकोरी ।
रही रह रिगावे हमरा धई बरजोरी ।
बीख लागल सगरी कहनवा, फगुनवा में ॥
पियवा ……

0 Comments