फरिश्ता बचावे ला लड़बे करी

– जलज कुमार अनुपम


फरिश्ता बचावे ला लड़बे करी.
मान काठी जवानी के ढलबे करी.
भितरी दिल बाटे, दिल तs मचलबे करी.
दमकी साधि के आखिर ई कब ले सही,
जवन दबल बा तवन निकलबे करी.

कब ले केहु उड़ी आखिर आकास में,
पेट कुहकी, लात जमीन पर धरबे करी.
बिछुवा डंक मारते रही एकर उ करम ह,
खाके भी चोट, फरिश्ता बचावे ला लड़बे करी.


आवास : बेतिया, पश्चिमी चंपारण, बिहार – 845438
संपर्क सूत्र : +91 – 9971072032
प्रकाशित रचनाये : बाल कथा (2009)
अप्रकाशित रचना : आकांक्षा (उपन्यास ),बोल मेरे मन (कविता संग्रह),शादी भारत में (व्यंग)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।