फेर इतिहास दोहराई सुर संग्राम : ग्रांड फिनाले के होस्टिंग रविकिशन करीहें

पर साल अपना शो सुरसंग्राम से भोजपुरी के लोकप्रिय मनोरंजन चैनल महुआ एगो इतिहास रचले रहुवे जब लाखो दर्शकन का मौजूदगी में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के संचालन में संपन्न भइल एह शो के टीआरपी का चलते क्षेत्रीय चैनल महुआ दोसरा चैनलन का बरोबरी में गिनाये लागल.

सुर संग्राम के लोकप्रियता के एगो बड़हन कारण रहे शो के होस्ट रवि किशन के कुशल संचालन. सुर संग्राम सीजन एक में आखिर का दस एपिसोड में बतौर एंकर शामिल भइल रवि किशन का चलते शो के टीआरपी में बढ़ोतरी शुरू हो गइल रहे. एकर सबले बड़ उदाहरण त इहे बा की तीन नवम्बर २००९ के प्रसारित भइल एपिसोड, जवना के रविकिशन होस्ट कइले रहले, के टीआरपी एक दिन पहिले के एपिसोड से तीन गुना रहुवे.

अबकियो सुर संग्राम अपना शबाब पर बा एक बेर फेर रविकिशन एकर कमान थाम लिहले बाड़न. अबकियो के आखिरी कुछ एपिसोड आ अट्ठारह दिसंबर को पटना के गांधी मैदान में होखे वाला ग्रांड फिनाले खातिर रवि किशन को बतौर एंकर नेवतल गइल बा. रवि किशन एह नेवता के सकार लिहले बाड़न.

अबही त रवि किशन शो में जज का भूमिका में बाड़े आ उनकर उदघोष “अद्भूत अद्भूतम अद्भूतास” उत्तर प्रदेश आ बिहार में बहुते लोकप्रिय हो गइल बा. अब देखे के ई बा कि सुर संग्राम सीजन एक के टीआरपी के सीजन दू मात दे पावत बा कि ना.

स्रोत उदय भगत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।