बुढ़ापा के जिनगी

– नूरैन अंसारी

लोर बहत बा अंखिया से बरसात के तरह.
हम जियत बानी जिनगी मुसमात के तरह.
भरल बा घर कहे के अपने ही लोग से,
बाकिर छटाईल बानी हम कुजात के तरह.

जब से उठ गईल हमरा भरोसा के अरथी,
हम बसाये लगनी अरुआइल दाल-भात के तरह.
कईनी जिनगी भर हम जेकरा खातिर तपस्या,
उहे फेक दिहल सब्जी से तेजपात के तरह.

अब लउके न कुछ उ बानी सूरज के घर में,
जिनगी हो गईल “नूरैन” अन्हरिया रात के तरह.


0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..