बुढ़ापा के जिनगी

– नूरैन अंसारी

लोर बहत बा अंखिया से बरसात के तरह.
हम जियत बानी जिनगी मुसमात के तरह.
भरल बा घर कहे के अपने ही लोग से,
बाकिर छटाईल बानी हम कुजात के तरह.

जब से उठ गईल हमरा भरोसा के अरथी,
हम बसाये लगनी अरुआइल दाल-भात के तरह.
कईनी जिनगी भर हम जेकरा खातिर तपस्या,
उहे फेक दिहल सब्जी से तेजपात के तरह.

अब लउके न कुछ उ बानी सूरज के घर में,
जिनगी हो गईल “नूरैन” अन्हरिया रात के तरह.


0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।