भठियरपन के पोल खोले आ गइली ‘‘सुनैना’’

आजु का दौर में चारो तरफ अराजकता अउर भठियरपन के माहौल बन गइल बा. ओहसे मध्यवर्गीय परिवार से जुड़ल कवनो ईमानदार इंसान के कवना कवना मुश्किलन से पार पावे के पड़त बा, एहधारावाहिक में इहे देखावल जात बा.

एकर कहानी लिखले बाड़े चर्चित निर्माता-निर्देशक प्रकाश झा. कहानी शुरू होता सुनैना नाम के एगो लड़की से जवन एगो साधारण मध्य वर्गीय परिवार के हिय. ओकरा बाप के घूसखोरी के इंल्जाम लगा के जेल भेज दिहल जा ता. ई बाति सुन के महतारी मर जात बाड़ी. भाई अपना बाप के दुश्मनन से बदल लेबे खातिर नक्सली बन गइल बा. पूरा घर के बिगड़ल माहौल आ विरोधी हालात का बावजू सुनैना अपना बाप महतारी के अधूरा ख्वाब पूरा करे खातिर जीतोड़ मेहनत करत बिया. अपना मेहनत का बल पर ऊ आई॰ए॰एस॰ त बन जात बिया बाकिर ओहिजो ओकरा ओही हालात के सामना करे के पड़त बा.

एह हालात में का होत बा, ई देखे खातिर शुक आ शनिचर के रात 9 बजे से मौर्य टीवी देखे के होई.

श्री ओम क्रिएशन का बैनर में बनल धारावाहिक ‘सुनैना’ के निर्माता अंजू शर्मा आ संजय कपूर हउवे. निर्देशन हवे चन्दर बहल के. आ खास भूमिका में मनोज वर्मा, शिल्पी शुक्ला, ललितेश, राहुल सिंह, श्रीतमा वगैरह कलाकारन के नाम बा.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।