अबकी के लोकसभा चुनाव देशे ना दुनियो खातिर खास बन गइल बा. भारत के बढ़त ताकत से दुनिया के सगरी भारत विरोधी ताकत आजु मोदी आ केजरीवाल का पीछे बाड़ी सँ – मोदी का पीछे पड़ल बाड़े सँ आ केजरीवाल का पीछे अड़ल बाड़े सँ. ना त केजरीवाल के बिना मंगले अंतरिम जमानत मिलल रहीत का ! अंतरिम जमानत त सजायाफ्ता हो के जेल के सजा काटत अपराधियन के दीहल जाला. आ उहो तब जब ऊ जमानत के गोहार लगवले होखे. केजरीवाल का तरफ से जमानत के कवनो अर्जी लगावले ना गइल बाकिर जज साहब लोगन के मर्जी से दे दीहल गइल, जबरदस्ती. गजब !
जेल गइला का बादो केजरीवाल के हिम्मत ना भइल कि इस्तीफा दे देसु. इस्तीफा दे देतन त शीशमहल में केहू दोसर आठ लाख के कमोड पर हगे लागीत आ इ कल्पनो केजरीवाल के मंजूर ना रहल. अगर मजबूरी में देबहीं के पड़ीत त ऊ अपना मेहरारूए के मुख्यमंत्री बनावल चहतें.
जवन आदमी अपना गोल से अपना हर विरोधी के लतिया के बाहर कर दिहलसि आ जे संगे रहल ओकरा कपारे भठियरपन वाला हर मामिला लाद के आपन चमड़ी बचावत गइल ऊ अब मोदी पर आरोप लगावत बा कि मोदी देश में एक आ एके नेता के राज चलावल चाहत बाड़न. आजु अपना भाषण में केजरीवाल कहलन कि मोदी गँवे-गँवे विरोधियने के ना अपनो साथियन के किनारा लगवले जात बाड़न. अगर मोदी जीत गइलन त सगरी विरोधियन के जेल में बन्द करा दिहें आ अपना बरियार मुख्यमंत्रियन के किनारे लगावत जइहें.
कहलन कि अगर मोदी के भठियरपन का खिलाफ लड़े के मन बा त उनुका केजरीवाल से सीखे के पड़ी. बेचारा केजरीवाल के इयाद ना रहल कि सतरह बरीस गुजरात के मुख्यमंत्री रहल आ दस बरीस से देश के पीएम मोदी पर उनुकर विरोधियो भठियरपन के कवनो अछरंग ना लगा पवलें. जबकि उनुकर गोल आ आ पा भठियरपन के तेज रफ्तार के रिकार्ड बना दिहलसि. बाकिर केजरीवाल त केजरीवाल हउवन – स्वघोषित कट्टर ईमानदार ! देश के कवनो गोल अतना कम समय में भठियरपन के अतना कांड ना कर पवलसि जतना आ आ पा कर लिहलसि.
बधाई केजरीवाल, बाकिर दू जून के तारीख इयाद रखीहऽ. जज साहब लोग इहे तारीख दिहले बा तोहरा जेल वापसी के.दिक्कत इहो बा कि 1 जून के मतदान खतम होखते एक्जिट पोल के परिणाम आवे लागी आ तब शायद इंटो के बनल कमोड पर तोहर पेट साफ होखे लागी. शीश महल वाला कमोड तोहरा सहल ना. भोजपुरी इलाका के लोग बखूबी जानेला कि सहल आ ना सहल कवना बात के कहल जाला. तुहूं जान लेतऽ त तहरे फायदा होखीत.
0 Comments