भोजपुरी में आलोचना के किताब के विमोचन आ ओकरा पर बतकही

भोजपुरी के मशहूर आ प्रतिष्ठित लिखनिहार डॉ अशोक द्विवेदी जी के लिखल किताब “भोजपुरी रचना आ आलोचना” के विमोचन 29 अक्टूबर 2019, मंगल का दिने दिल्ली में साहित्य अकादेमी के सभागार में होखे जा रहल बा.

फिरोजशाह मार्ग पर बनल रवीन्द्र भवन के एह सभागार के तीसरा माला पर मौजूद कान्फ्रेन्स हॉल में होखे वाला एह बइठकी के अध्यक्षता पुरनिया लिखनिहार आ साहित्य अकादेमी के अध्यक्ष रह चुकल आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करब.

“समकालीन भारतीय साहित्य” के सम्पादक डॉ ब्रजेन्द्र त्रिपाठी, दिल्ली विश्वविद्यालय के प्राध्यापक आ मशहुर लिखनिहार डॉ अल्पना मिश्र, साहित्य अकादेमी के सदस्य अजित दूबे, साहित्य अकादेमी के सम्पादक कुमार अनुपम आ इग्नू में कार्यरत विचारक आ लिखनिहार डॉ सुशील कुमार तिवारी एह बइठकी में आपन राय विचार रखिहें आ बतकही में शामिल होखिहें.

“पाती रचना मंच” सगरी भोजपुरी प्रेमियन के एह कार्यक्रम में पधारे के नेवतले बिया. आशा बा कि कार्यक्रम सफलता से पूरा होखी आ भोजपुरी रचना पर आलोचना के एगो पोढ़ किताब से भोजपुरी के प्रभाव अउरी गाढ़ होखी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।