भोजपुरी सिनेमा के नयका स्टार बन के उगलें राकेश मिश्रा

RakeshMishra2एह घरी भोजपुरी सिनेमा का परदा पर एगो नया सितारा बन के उगल बाड़ें मशहूर गायक राकेश मिश्रा जिनकर पहिलके फिलिम ‘प्रेम दीवानी’ सगरी बिहार में शानदार व्यवसाय करत बिया. सगरी बड़का सेंटर पर ई फिलिम पाँच हफ्ता से भीड़ जुटावत बिया. एकरा सफलता के सराहत लोग राकेश मिश्रो के अभिनय आ गवनई के तारीफ करत बा. फिलिम के निर्माता हउवें डा॰ सुनील कुमार.

आरा के मोहनपुर गाँव के राकेश मिश्रा, रानी चटर्जी आ स्मृति सिन्हा के नायक बनल बाड़ें.

एह बीच राकेश के ‘नाचऽ नाचऽ ऐ कांवरिया’ म्यूजिक एलबमो धूम मचवले बिया.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।