भोजपुरी सिनेमा के नयका स्टार बन के उगलें राकेश मिश्रा

RakeshMishra2एह घरी भोजपुरी सिनेमा का परदा पर एगो नया सितारा बन के उगल बाड़ें मशहूर गायक राकेश मिश्रा जिनकर पहिलके फिलिम ‘प्रेम दीवानी’ सगरी बिहार में शानदार व्यवसाय करत बिया. सगरी बड़का सेंटर पर ई फिलिम पाँच हफ्ता से भीड़ जुटावत बिया. एकरा सफलता के सराहत लोग राकेश मिश्रो के अभिनय आ गवनई के तारीफ करत बा. फिलिम के निर्माता हउवें डा॰ सुनील कुमार.

आरा के मोहनपुर गाँव के राकेश मिश्रा, रानी चटर्जी आ स्मृति सिन्हा के नायक बनल बाड़ें.

एह बीच राकेश के ‘नाचऽ नाचऽ ऐ कांवरिया’ म्यूजिक एलबमो धूम मचवले बिया.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments