भोजपुरी सिनेमा : नकल बिना अकल के

अक्सरहा भोजपुरी फिल्म प्रचारकन के जवन प्रोमो मटेरियल आवेला तवना में शान का साथ बतावल जाला कि फलाँ फिल्म अब भोजपुरी में, फलाँ अभिनेता हिन्दी के फलाँ अभिनेता वगैरह वगैरह. बालीवुड में अकसरहाँ हालीवुड के नकल कइल जाला त भोजपुरी सिनेमा हिन्दी फिल्मन के नकल करे में तेज होली स.

बाकिर बिना अकल के नकल इस्तेमाल कइला से बहुते थर्ड क्लास के फिल्म बनत बाड़ी स. याद बा हमरा अपना बचपन के ऊ दिन जब गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो पूरा परिवार का साथे देखे गइल रहीं. ओकरा बाद बिदेसिया, लागी नाही छूटे राम, सीता मईया वगैरह फिल्म देखे के मिलल रहे. ओह फिलिमन के गीत आजुवो दिले के छू जाले. बाकिर अब? एक त समय ना मिले, दोसरे यदा कदा टीवी पर भोजपुरी फिल्म देखे के कोशिश करीले त थोड़के देर बाद रिमोट उठ जाला आ चैनल बदल जाला.

एहसे सौभाग्य कहीं भा दुर्भाग्य, भोजपुरी सिनेमा से हमार परिचय आजुकाल्ह एह प्रोमो मटेरियले तक सीमित बा जवन कि प्रचारक लोग हमरा लगे भेजेला. शुरु में त हम बार बार चेतावतो रहीं कि हर फोटो का साथे कलाकारो के नाम दे दिहल जाव त सुभीता रही ना त केहू के फोटो का साथ केहू के नाम चल जाई! अब लगातार समाचार देत देत कुछ लोग चिन्हाये लागल बा. भोजपुरी सिनेमा के नकल के आदत अब भोजपुरी सिनेमा के खबर देबेवाला वेबसाइटनो के छूतहा बेमारी का तरह पकड़ लिहले बा. प्रोमो मटेरियल हिन्दी में आवेला जवना के भोजपुरी भा अंगरेजी में उल्था करे के काम करे पड़ेला. दोसर साइट वाले बन्धु लोग एह सामग्री के जस के तस उठा के अपना साइटन पर लगा लेलें आ एक बेर नामो ना लेस कि सामग्री कहवाँ से उठावल गइल बा.

एगो इहो कारण बा जवना चलते आजुकाल्ह अँजोरिया पर सिनेमा से जुड़ल सामग्री कम दिहल जा रहल बा. मेहनत हम करीं आ दोसर लोग उठा ले जाव से त ठीक बात ना ह. बाकिर अइसनका उठाईगीरन से निबटे के दोसर कवनो राहो हमरा जइसन आदमी का लगे नइखे. चोरी त अंगरेजियो वाला लेख के हो जाई बाकिर तब सर्च इंजन ओकरा के आराम से पकड़ लीहें आ ओह साइट के फायदा से बेसी नुकसान हो जाई. प्रचारको लोग से निहोरा बा कि अइसनका उठाईगीरन के सलाह देव लोग कि आपन आदत बदल देव लोग.

दोसर सलाह हम सभका के देब कि अगर ऊ आपन लेख भा रचना यूटीएफ फान्ट में भेजे लोग त वेबसाइटन पर ओकर प्रकाशन के गति तेज हो सकेला. यूटीएफ पर टाइप कइल बहुते आसान बा. एहिजा से तख्ती साफ्टवेयर डाउनलोड कर लीं आ अपना कंप्यूटर पर इंस्टाल कर लीं. एह तख्ती पर काम कइल बहुते आसान बा आ एके लाइन में देवनागरी आ ड़ोमन दुनु लिपियन के इस्तेमाल सुविधा से कइल जा सकेला. उदाहरण खातिर हम पूरा वर्णमाला के नमूना दे रहल बानी…

k=क K=ख g=ग G=घ {=ङ
c=च C=छ j=ज J=झ M=ञ
T=ट Y=ठ D=ड F=ढ N=ण w=ढ़
t=त X=थ d=द W=ध n=न
p=प f=फ b=ब B=भ m=म
y=य r=र R=ड़ l=ल v=व S=श
Q=ष s=स h=ह kxq=क्ष txr=त्र jxM=ज्ञ
“=ॐ ;=॥ |=| =ॠ kxr=क्र kq=कृ
A=अ $=आ %=इ ^=ई &=उ *=ऊ
~=ए @=ऐ (=ओ )=औ Az=अं A:=अः

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    साँच बात बा कि भोजपुरी फिल्म के स्तर काफी नीचे आ गइल बा . पढ़ल -लिखल वर्ग भोजपुरी फिल्म से दूर दिखाई देत बा .उलुल -जुलूल गाना से भरल सिनेमा परिवार के साथ बैठ के केहू नइखे देख सकत .फिल्म में छिछोरा पंथी बहुत भरल जात बा .
    ओ.पी अमृतांशु

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।