‘मर्द’ ला दुबारा गवलें मोहम्मद अज़ीज़ छब्बीस साल बाद

साल 1985 में रिलीज भइल अमिताभ बच्चन, अमृता सिंह आ दारा सिंह के सफल फिल्म ‘मर्द’ के टाईटल गीत ‘मर्द तांगेवाला मैं हूं मर्द तांगेवाला….’ आज छब्बीस साल बादो लोग का याद बा. एह गीत के गवले रहलें मोहम्मत अजीज. अब फेर 26 साल बाद मोहम्मद अजीज एगो दोसरा ‘मर्द’ के टाईटल गीत गावे अइलन भोजपुरी में बनत फिलिम ‘मर्द तांगेवाला’ क. दुबारा ‘मर्द’ फिल्म के टाईटल गीत गाके खुद मोहम्मद अजीज पूरा उत्साह में रहलन. कहलन कि जइसे पुरनका गीत हिट भइल रहे वइसहीं ‘मर्द तांगेवाला’ क गीतो सफल होखे उनुका पूरा भरोसा बा.

पूर्वा प्रोडक्शन का बैनर में ‘मर्द तांगेवाला’ के निर्माता हउवें आ निर्देशक हउवें बाली जिनकर एगो लमहर अरसा बाद बतौर निर्देशक वापसी भइल बा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, काजल राघवानी, अंजना सिंह, दीपक भाटिया, विक्रम थापा, किट्टू, शमीम खान, अक्षता, गोपाल राय, प्रमोद गोस्वामी, अप्पू राजा, जयवीर आ अरविंद शामिल बाड़ें.

कहानी खुद बाली के लिखल, पटकथा आ संवाद मनोज पांडे के लिखल, कैमरासंचालन जहांगीर सैयद के, कला निर्देशन अवधेश के, आ मारधाड़ निर्देशन इकबाल भाई के बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।