मार्केट में जीते के बा त सांप्रदायिक बने के पड़ी

शेयर बाजार आ सांप्रदायिकता

मथैला पढ़ि के रउरा अचकचा गइल होखब कि ई कवन बात हऽ कि बाजार में जीते के बा त सांप्रदायिक बने के पड़ी. बाकिर बात एकदम सही आ निशाना पर बा. एकरा के समुझे से पहिले आईं तनी भूमिका बान्ह लीहल जाव. बिना एह भूमिका के आगे के बात ओतना असरदार ना हो पाई.

हमनी में से बेसी लोग हिन्दू हवे से अपना चरचा के हम हिन्दू नजरिया से देखे-देखावे के कोशिश करब. हिन्दू कवनो सांप्रदाय ना हो के कई एक संप्रदायन के समूह ह. नास्तिक सिर्फ हिन्दू हो सकेला. बाकी मजहब में नास्तिक होखे के आजादी ना मिले. हँ अउरियो मजहब के कुछ लोग नास्तिक हो जाला बाकिर तब ऊ लोग अपना रिलिजन के व्यक्ति ना रहि जाव. ओह रिलीजन मजहब भा पंथ खातिर नास्तिक छंटुआ हो जाला. बाकिर हिन्दूवन में नास्तिक शान से अपना के हिन्दू कहे में ना सकुचासु. हिन्दू समूह में शामिल अनेक संप्रदायन में से इहो एगो संप्रदाय हो जाला जे कवनो भगवान के ना माने, कवनो पंथ मजहब रिलीजन के कहला हिसाब से ना जिये. धर्म आ संप्रदाय के एह अन्तर के समुझला बिना रउरा कुछ समुझिये ना पाएब. हर संप्रदाय के एके गो किताब होला, एके गो भगवान होला, एके तरह के रीति रिवाज होला, बेटी-रोटी के संबंध होला. हिन्दू के ना त एगो भगवान होलें ना ओकर कवनो एगो किताब बा. वेद बा त चार गो, उपनिषद बा त 108 गो पुराण बा त 18 गो.

अब शेयर बाजार में जीते खातिर सांप्रदायिक होखल काहे जरुरी बा कुछ कुछ रउरो बुझाए लागल होखी. शेयर बाजार में विजयी होखे खातिर “हरि अनंत हरि कथा अनंता, कहहिं सुनहिं बहुबिधि सब संता” मनला से काम नइखे चले वाला. रउरा कवनो एगो राह पकड़े के पड़ी, कवनो एके गो गुरु के बात माने के पड़ी, कवनो एके गो रुल बुक के पालन करे के पड़ी. हर इंडिकेटर, हर स्ट्रेटेजी में सफलता आ असफलता के अनुपात कमो बेस एके तरह के होला. बाकिर एगो में मिलत असफलता का चलते अगर कुछ समय बाद रउरा दोसरा तरीका से चले लागब त हो सकेला कि ओकरो शुरुआत राउर असफलते से होखे. सत्तर से अस्सी फीसदी के औसत सफलता करीब हर संकेतक, हर रणनीति में मिलेला. बाकिर 20 फीसदी असफलता जरुरी नइखे कि 80 बेर सफलता का बादे आई. सिक्का उछाल के चित पट करे वाली अनिश्चितता हमेशा बनल रहेला.

एहसे शेयर बाजार में रउरा कमाल के सीख मान के चले के पड़ी कि –

चलती चाकी देख कर हँसा कमाल ठठाय,
कील पकड़ कर जो रहे कभी ना पीसा जाय.

अगर रउरा कवनो एगो तरीका के गांठ बान्ह ली आ हमेशा ओकरे हिसाब से चलल शुरु कर दीं त देरी से ना, जल्दिये सफलता मिलल शुरु हो जाई. बस रउरा अपना बनावल रणनीति पर असंख्य बेर चले के कट्टरपंथी सोच विकसित करे के पड़ी. एह सोच में राउर हालत फिदायिन वाला हो जाव तबो कवनो बात ना. ई ना चली कि कबो ई देवी कबो ऊ देवता, कबो ई बाबा त कबो ऊ बाबा. रउरा हमेशा मान के चले के पड़ी कि राउरे भगवान सबले बढ़िया हउवें, राउरे किताब सबले सही बात कहेला.

एहसे शेयर बाजार में जीते के होखे त तय कर लीं कि आजु से रउरा सांप्रदायिक हो गइनी आ आजु से रउरा बस एके गो राह पर चलब. सफलता मिल के रही !

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।