मिसाइलमैन अब्दुल कलाम उड़ गइलन

APJ_Abdul_Kalam
भारत के राष्ट्रपति रहल, परमाणु वैज्ञानिक, महान राष्ट्रभक्त, सरस्वती साधक अवुल पकीर जैनुलाब्दीन अब्दुल कलाम साहब के आज अचानके निधन हो गइल. देश दुनिया में मिसाइल मैन का नाम से मशहूर अब्दुल कलाम साहब के याद ना रहल कि जब मिसाइल छोड़ल जाले त ओकरा पहिले पूरा तइयारी होला आ पल पल के हिसाब राखे के पड़ेला. आजु शिलांग के आई आई एम के कार्यक्रम में शामिल होखे चहुँपल कलाम साहब का बारे में केहू के इचिको अनेसा ना रहल कि आजु उनकर आखिरी दिन होखे जा रहल बा.

84 बरीस के अब्दुल कलाम आजु साँझ बेरा करीब साढ़े छह बजे कार्यक्रम का दौरान गिर पड़लन आ उनकर खराब तबियत देखत आनन फानन में बेथानी अस्पताल में भरती करावल गइल जहाै से उनकर प्राण पखेरू हमेशा हमेशा ला उड़ गइल. बस आपन कृति आ यादगार छोड़ गइल. उनकर पार्थिव शरीर दिल्ली ले आवे के इन्तजाम हो रहल बा.

जीवन परिचय :

अवुल पकीर जैनुलाब्दीन अब्दुल कलाम के जनम 15 अक्टूबर का दिने साल 1931 में तमिलनाडु के रामेश्वरम में भइल रहे. उनका पिता के नाम जैनुलाब्दीन रहे आ माता के नाम असिअम्मा. पिता बहुते गरीब रहलन आ मल्लाही से आपन जीवन यापन करत रहलें. एह चलते अब्दुल कलाम के अपना स्कूली पढ़ाई का समय मेहनत मजदुरिओ करे के पड़त रहे. ऊ अखबारो बाँटे के काम कइलन स्कूली पढ़ाई का दौरान जेहसे कि घर के खरचा में आपम योगदान दे सकस.

रामानाथपुरम श्वार्ट्ज मैट्रिकुलेशन स्कूल से मैट्रिक कइला का बाद अब्दुल कलाम सेंट जासेफ कालेज, तिरुचिरापल्ली से साल 1954 में भौतिकी में स्नातक कइलन. ओकरा बाद एरोस्पेस इंजिनियरिंग के पढ़ाई करे मद्रास चल अइलन. वायुसेना में जाए का परीक्षा में उनुकर नउवां स्थान आइल जबकि जगहा रहल आठे गो. एहसे पायलट ना बन पवलन.

अब्दुल कलाम भौतिकी आ एयरोस्पेस इंजिनियरिंग के पढ़ाई कइला का बाद करीब चालीस बरीस ले रक्षा अनुसंधान आ विकास संगठन (डीआरडीओ) आ भारतीय अन्तरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) में काम कइलन. भारत के नागरिक अन्तरिक्ष कार्यक्रम आ सैनिक मिसाइल आ लांच ह्वेकिल तकनीकि के विकास से जुड़ल अब्दुल कलाम बाद में मिसाइल मैन का नाम से जानल जाए लगलन. भारत के साल 1998 के पोखरण आणविक विस्फोटो से बहुते करीब से जुड़ल रहल अब्दुल कलाम के अटल बिहारी बाजपेयी के प्रधानमंत्री रहत घरी साल 2002 में देश के राष्ट्रपति बनावल गइल. बाद में राष्ट्रपति रहला का दौरान जब युपीए के सरकार बने के समय आइल तब कहल जाला कि सोनिया गाँधी के प्रधानमंत्री बनावे से कलाम साहब इन्कार कर दिहलें आ तब मजबुरी में सोनिया गाँधी अपना पसंद के मनमोहन सिंह के प्रधानमंत्री के कुरसी पर बइठवली. बाकिर असली शासन त सोनिए के रहल बस नामे भर के प्रधानमंत्री रहलन मनमोहन सिंह.

देश के 11वां राष्ट्रपति का रूप में 25 जुलाई 2002 से 25 जुलाई 2007 तक काम कइला का बाद अब्दुल कलाम नागरिक जीवन में लवट अइलन आ एह दौरान किताब लिखे आ सामाजिक सरोकारन से हमेशा जुड़ल रहल. अब्दुल कलाम साहब के मजहब जनम से जवन रहल होखे बाकिर धर्म उनकर हमेशा भारतीय के रहल. कवनो संप्रदाय मजहब से उपर रहलन कलाम साहब. अब्दुल कलाम के साल 1981 में पद्म भूषण, साल 1990 में पद्म विभूषण आ साल 1997 में भारत रत्न से सम्मानित कइल गइल. एकरा अलावहुं उनुका अनेके सम्मान मिलल.

आ आजु 27 जुलाई 2015 का दिने शिलाग के आई आई एम में एगो व्याख्यान देत अब्दुल कलाम के दिल के दौरा पड़ल आ ऊ गिर पड़लन आ बहुते गंभीर हालत में अस्पताल चहुँपावल अब्दुल कलाम के निधन हो गइल. देश से मिसाइल मैन अचके में उड़ गइल.

भोजपुरिका परिवार का तरफ से देश के एह सपूत भारतीय संस्कृति के माने वाला अब्दुल कलाम के हार्दिक श्रद्धांजलि!

1 Comment

  1. Rash Bihari giri

    NCS FILMS परिवार का तरफ से देश के एह सपूत भारतीय संस्कृति के माने वाला अब्दुल कलाम के हार्दिक श्रद्धांजलि ,