मॉरीशस में भोजपुरी अस्मिता आजुओ मौजूद बा

१७८ बरीस पहिले जब गिरमिटिया मजदूर बिहार का भोजपुरी पट्टी से मॉरीशस गइलें त ओह लोग के देहे ना बलुक पूरा भोजपुरी रीति रिवाज भाषा आ संस्कृतिओ ओह लोग का साथ ही गइल, आजुओ मॉरीशस में भोजपुरी अस्मिता मौजूद बा.

मॉरीशस के इतिहास आ वर्तमान असल में बिहारी मूल के लोगन के इतिहास आ वर्तमान हवे, भोजपुरी के शब्दावली, मुहावरा, कहाउत, पहेली, लोक साहित्य, पारंपरिक आ संस्कार गीत सब कुछ आजुओ सुरक्षित बा.

ई कहना बा मॉरीशस यात्रा से लवटल बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष डा॰ रविकांत दुबे के. अपना मॉरीशस यात्रा में डा॰ दुबे अनके सरकारी आ गैर सरकारी आयोजनन में शामिल भइलें. ओहिजा उनुकर मुलाकात मॉरीशस के उप प्रधानमंत्री अनिल बेचू, कला संस्कृति मंत्री मुक्तेश्वर चुन्नी, शिक्षा मंत्री बसनंत बनवारी, स्पीकर कैलाश प्रयाग, मॉरीशस में भारत के उच्चायुक्त टी॰पी॰ सीतारमण, सांसद कल्याणी जुग्गु वगैरह से भइल. झारखंड विधानसभा स्पीकर सी॰पी॰ सिंह का संगे डा॰ दुबे मॉरीशस संसद के कार्यवाही विशेष दीर्घा से देखलन जहाँ ओह लोग के स्वागत स्पीकर कइलन आ सांसद मंत्री मेज थपथपा के समर्थन जतावल.

एह यात्रा का दौरान महात्मा गाँधी संस्थान से प्रकाशित पुस्तक “भोजपुरी कविताएँ” के लोकार्पण कइलन. पटना के निशिकांत मिश्र संपादित पत्रिका “बतिया निकलल बा” के लोकार्पणो भइल. एह बीच मॉरीशस में आयोजित पहिला अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव में डा॰ दुबे के विशेष रुप से सम्मानित कइल गइल. महोत्सव में पाखी हेगडे, कल्पना पटवारीम अभय सिन्हा, राजकुमार आर पान्डेय समेत भोजपुरी फिल्म जगत के अनेके गणमान्य लोग आ स्वामी उमाकांतानंद मौजूद रहलें. कल्पना के नयका म्यूजिक अलबम “दि लीगेसी आफ भिखारी ठाकुर” के लाँचिगं उपप्रधानमंत्री अनिल बेचू आ मुक्तेश्चवर चुन्नी का हाथे कइल गइल. पाखी हेगडे आपन जन्म दिनो एह साल ओहिजे मनवली.

मॉरीशस गइल एह प्रतिनिधि मंडल में झारखंड स्पीकर सीपी सिंह, भाई जी भोजपुरिया, बिहार जदयू प्रवक्ता राजीव रंजन, पाखी हेगडे, कल्पना पटवारी, राजकुमार पाण्डेय, अभय सिन्हा, बिहारी खबर के अश्विनी कुमार, शैलेश सिन्हा, कुलदीप श्रीवास्तव समेत अनेके लोग शामिल रहल.


(स्रोत : बिहार भोजपुरी अकादमी)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।