रघुवीर शरण श्रीवास्तव के सुर संग्राम २ के विजेता बनवलसि महुआ

पिछला दिने बिना कवनो पूर्व सूचना के भा तामझाम के महुआ टीवी का नोएडा आफिस में गवनई के रियलिटी शो “सुर संग्राम सीजन – 2” के विजेता के फैसला कर लिहल गइल. एह बात के जानकारी महुआ टीवी के पीआरओ प्रशान्त निशान्त से मिलल बा. कवना आधार पर एकर फैसला लिहल गइल ओकरा बारे में कवनो जानकारी नइखे दिहल गइल.

“सुर संग्राम सीजन २” के विजेता के फैसला २० दिसम्बर २०१० के होखे वाला रहुवे. पटना के गाँधी मैदान में भव्य समारोह आयोजित भइल बाकिर कुछ असामाजिक तत्वन का उपद्रव का चलते आयोजन रोक के रद्द कर देबे के पड़ल. फाइनल में बनारस के गायक रघुवीर शरण श्रीवास्तव आ राँची के गायिका ममता राउत का बीच मुकाबिला रहुवे. अब करीब तेरह महीना बाद ओह फाइनल के फैसला महुआ टीवी के नोएडा कार्यालय में कर दिहल गइल.

बतावल गइल बा कि रघुवीर के पचीस लाख रुपिया आ ममता राउत के एगारह लाख रुपिया के इनाम दे दिहल गइल.

अब जब सुर संग्राम सीजन २ के फाइनल हो गइल त महुआ टीवी के नयका रियलिटी शो “सुरों का महासंग्राम” के राह खुल गइल. एह शो के आडीशन के प्रक्रिया पूरा हो गइल बा.

2 Comments

  1. NIRAJ

    जानकारी देने के लिए धन्यवाद

  2. vinodkumar

    Aapka gaya huaa mujhe bahut pasand hai

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।