रवि किशन अभिनीत फिलिम ‘प्रतिबंध‘ क डबिंग शुरू बा

ravikishan-marathiसमृद्धि फिल्मस के बैनर तले बनल रवि किशन स्टारर भोजपुरी फिलिम ‘प्रतिबंध‘ क डबिंग शुरू हो गइल बा.

निर्देशन सुनिल सिन्हा कइले बाड़न. रोमांस आ एक्शन से भरपूर एह मनोरंजक फिल्म में रवि किशन के साथ देत बाड़ी मशहूर भोजपुरी अदाकारा मोनालिसा जे अनगिनत फिलिम कर के आपन एगो अलग पहचान बना लिहले बाड़ी.

फिलिम के कहानी नेपाल बार्डर पर बिहार में अफीम गाना, डालडा, दारू जइसन सामान के गैर कानूनी तस्करी के पर्दाफाश कइल गइल बा.

निर्माता राघवेंद्र सिंह, संजय सिंह, लेखक ज्ञानेश श्रीवास्तव, गीत आर आर पंकज, पप्पू ओझा, विरेन्द्र पाण्डेय, संगीत मधुकर आनंद, छायाकंन आर आर प्रींस, नृत्य कानू मुखर्जी आ संजय कोरबे, फाइट आर पी यादव, आ एडीटर गुरजंत सिह हउवें.
मुख्य कलाकारन में रवि किशन, कुणाल सिंह, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, श्री कंकाणी, साहिबा, सीमा सिंह, आ हितेन्द्र पंडित शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।