रसीली बाई का संगे विनय आनन्द के ठुमका

मामा का राह पर चलत भाँजा विनय आनन्द गुंजन पंत का साथे साइकिल के सवारी कइला का बाद रसीली बाई का संगे ठुमका लगइहें. फिल्म ह किसना कइलस कमाल जवना का बारे में विनय आनन्द के कहना बा कि ई उनुकर एह साल के सबले बड़ हिट फिल्म साबित होखी.

एह फिल्म में विनय के बड़ भाई आ एगो स्कूल मास्टर के भूमिका में लोकगायक विष्णु ओझा पहिला बेर भोजपुरी फिल्म में आइल बाड़े. फिल्म के अधिकतर शूटिंग बक्सर में भइल बा. लक्ष्मण आर पाण्डे के बनावल एह फिल्म के निर्देशन चुनमुन पंडित कइले बाड़न आ संगीत अशोक घायल के ह. फिल्म के गाना कल्पना, उदित नारायण, आ इन्दु सोनाली के आवाज में बाड़ी स.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।