रावण के नया गाना में रवि किशन

प्रख्यात निर्देशक मणिरत्नम के फिल्म रावण एह घरी अपना संगीत अउर झलकियन का चलते चर्चा में बा. पिछला दिने टेलीविजन पर रावण के एगो नया गाना कटा कटा बेचारा बकड़ा के झलकी छोड़ल गइल बा. एह गाना के भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन का उपर फिल्मावल गइल बा. ए.आर.रहमान के संगीत आ गुलज़ार के शब्दन पर एह गाना खातिर रविकिशन सहित पांच सौ डांसरन के नचावल गइल बा. कोरियोग्राफी गणेश आचार्य कइले बाड़न.

Ravi Kishan in Hindi film RAVAN

मणि रत्नम के ई फिल्म रावण 18 जून से सिनेमाघरन में देखावल जाई. ‘रामायण’ के आधुनिक रूप कहल जाएवाली एह फिल्‍म में दस सिर वाला रावण के किरदार अभिषेक बच्‍चन निभवले बाड़न. फिल्‍म के एह ‘रावण’ के नाम बा ‘बीरा मुंडा’. रविकिशन एहमें अभिषेक के बड़ भाई मंगल मुंडा के किरदार में बाड़े. ऐश्‍वर्य राय मणि रत्नम के रावण में सीता वाला किरदार कइले बाड़ी. उनकर सौंदर्य, पवित्रता आ नृत्‍य कला के कायल होके फिल्‍म के खलनायक ‘बीरा’ उनका के उठा ले जाता.

फिल्‍म रावण के कहानी अपना पहिला ले हिस्‍स में रागिनी (ऐश्‍वर्य) आ देव (विक्रम) के विवाहित जीवन के इर्द-गिर्द घूमत बा. बाकिर एक दिन अइसन आवता जब बीरा (अभिषेक) आपना पुरान हिसाब ( ओकरा बहिन के मौत के मामिला ) चुकता करे उनका जीवन में आवऽता आ अपना भाई मंगल (रवि किशन) का सहयोग से रागिनी के उठा ले जाता. बाकिर रागिनी त देवे से प्रेम करेली आ ओहि के होके रह जाये खातिर कुछउ करे के तइयार रहेली.

मणि रत्नम के एह बहुप्रतिक्षित फिल्म रावण में प्रेम खातिर एगो जुनून, एगो पागलपन देखावल गइल बा. प्यार प्यार खातिर होला लड़ाई खातिर ना. एह फिल्म में ऐश्‍वर्य, अभिषेक, रवि किशन आ विक्रम का अलावा गोविंदा, निखिल द्विवेदी आ पंकज त्रिपाठीओ नजर अइहे.


(स्रोत : उदय भगत )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।