रिंकू घोष के सगाई हो गइल

RinkuGhosh-D

भोजपुरी के अव्वल अदाकारा रिंकू घोष के सगाई कुछ दिन पहिले ओमान में पेप्सीको कंपनी के एगो अधिकारी अभिजीत दत्ता राॅय का संगे हो गइल. एह खबर के पुष्टि उनकर जनसम्पर्क अधिकारी शशिकांत सिंह क दिहले बाड़े.

बतवले कि ई सगाई रिंकू घोष के बाप महतारी के पसंद से भइल बा. रिंकू घोष पहिलहू कहत रहली कि शादी जब होई तब बाप महतारी के चुनल लड़िका से होखी.

सगाई समारोह में दुनू तरफ के बहुते करीबिए लोग शामिल भईल. शादी का बाद मुंबई में एगो बड़हन पार्टी दिहल जाई जवना में बालीवुड, भोजपुरी सिनेमा, टेलीविजन आ मीडिया से जुड़ल लोग के नेवतल जाई.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।