विनय आनंद चढ़लन आटो रिक्शा में

पिछला दिने भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अपना पत्नी का साथे मुंबई में आटो रिक्शा से चल दिहलन जुहू से चौपाटी खातिर. देखते लोग के भीड़ जुट गइल आ रिक्शा वाला हरान रहि गइल रहे सुपर स्टार विनय आनन्द के अपना रिक्शा में बइठा के. काहे कि ऊ विनय आनन्द के जबरदस्त फैन रहुवे. आ विनय आनन्द के कई गो फिलिम देखले रहुवे. जब विनय आनन्द ओकरा से भोजपुरी में बतियावल शुरू कइलन त ऊ कहलसि कि राउर चेहरा त विनय आनन्द जइसन लागत बा. विनय आनन्द हँसे लगलन आ कहलन कि हँ ढेरे लोग कहेला कि हमार चेहरा विनय आनन्द से मिलेला. बाकिर उनुकर पत्नी राज खोल दिहली आ बता दिहली कि हँ इहे विनय आनन्द हउवें. ओकरा बाद त रिक्शा वाला खुशी से पागल हो उठल आ भाड़ा लेबे के तइयार ना भइल. विनय आनन्द केहु तरह ओकरा के जबरिया भाड़ा दिहलन.

विनय आनन्द कहलन कि बहुते मँहगो सवारी में सफर कइले बाड़न बाकिर जवन आनन्द उनुका आटो का सवारी में मिलल तवन वाकई मजेदार रहल. कहलन कि पन्द्रह साल बाद आटो में बइठे के मौका मिलल रहे ओह दिन.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।