विभोज अध्यक्ष परमहंस त्रिपाठी के निधन पर शोकसभा

ParamHansTripathiविश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष परमहंस त्रिपाठी के निधन पर सम्मेलन के बलिया इकाई अपना श्रीराम विहार कॉलोनी स्थित कार्यालय पर श्रद्धांजली देत शोकसभा बोलवलसि. श्रद्धांजलि देत विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय सचिव डा॰ अशोक द्विवेदी कहलन कि श्री परमहंस त्रिपाठी समाजवादी आन्दोलन के समर्पित आ निष्ठावान अगुवा रहलन. भाषा आ संस्कृति से अपना असीम लगाव का चलते उहाँके भोजपुरी भाषा, साहित्य आ कला के बढ़न्ती आ संरक्षण ला विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बनावे आ चलावे में आपन बहुते खास सहयोग दिहनी. भोजपुरी के ओकर अंतर्राष्ट्रीय पहचान दिलवावे मे त्रिपाठी जी के महती भूमिका रहल.

एह श्रद्धांजलि सभा में आपन विचार प्रकट करेवालन में डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय, शम्भुनाथ उपाध्याय, कन्हैया पाण्डेय, हीरालाल हीरा, डा॰ श्रीराम सिंह, शिवजी पाण्डेय रसराजम नवचंद्र तिवारी, अनन्त प्रसाद रामभरोसे, रवीन्द्र ओझा एडवोकेट, आ रमेश चन्द्र श्रीवास्तव शामिल रहलें.

सभा के आखिर में दू मिनट ला चुप्पी साध के मृतात्मा के शान्ति ला प्रार्थना कइल गइल.

परमहंस त्रिपाठी के निधन पिछला बुध के भइल रहुवे आ काल्हु बियफे का साँझ देवरिया जिला के भागलपुर का कालीचरण घाट पर अंतिम संस्कार कइल गइल. परमहंस त्रिपाठी जी देवरिया जिला के भागलपुर विकास खंड के धरमेर महलिया गाँव के निवासी रहनी. एने लमहर समय से उहाँ के तबियत खराब चलत रहुवे. अंतिमसंस्कार का मौका पर मुखाग्नि त्रिपाठी जी के बड़का बेटा आ महाराष्ट्र सरकार क प्रमुख सचिव रहल सतीश त्रिपाठी दिहलें. एह मौका पर छोटका बेटा अनिल त्रिपाठी, आ विश्वभोजपुरी सम्मेलन के अरुणेश नीरन समेत अनेके गणमान्य लोग मौजूद रहुवे.

2 Comments

  1. रामरक्षा मिश्र विमल

    विभोज अध्यक्ष परमहंस त्रिपाठी के निधन सामयिक होखला का बादो भोजपुरी खातिर एगो बहुत बऽड़ नुकसान बा | पुरान फेड़ आपन समय पूरा कऽ रहल बाड़े आ नया फेड़ के आगम कहीं से सुनात नइखे |
    भगवान उहाँ के आत्मा के शांति देसु आ उहाँके शोकसंतप्त परिवार के (जवना में हमार समस्त भोजपुरी परिवार शामिल बा) एह सदमा के सहे के ताकत देसु | हमार श्रद्धांजलि |
    ‍- रामरक्षा मिश्र विमल

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।