विश्व भोजपुरी सम्मेलन बलिया के कवि गोष्ठी

VibhojBallia-Feb15
शनिचर 14 फरवरी का दिने बलिया का यारपुर बेदुआ मुहल्ला में शशि प्रेमदेव जी का घर पर विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया ईकाई का तरफ से एगो वासन्ती काव्य गोष्ठी के आयोजन कइल गइल.

गोष्ठी के शुरुआत शिवजी पाण्डेय ‘रसराज’ के वाणी वन्दना से भइल. एह आयोजन में भोजपुरी पत्रिका ‘पाती’ के यशस्वी संपादक डा॰ अशोक द्विवेदी के हालही में ‘विद्याश्री न्यास’ का तरफ से मिलल ‘लोककवि’ सम्मान खातिर अभिनन्दन कइल गइल.

जीवन-रस आ संवेदन से भींजल, कविता-पाठ में नवचन्द्र तिवारी, शशि प्रेमदेव, हीरालाल ‘हीरा’, पीएन शर्मा ‘मृदुल’, डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय, त्रिभुवन सिंह ‘प्रीतम’, डा॰ अशोक द्विवेदी, विजयंत ठाकुर, फतेहचंद्र ‘बेचैन’ वगैरह के मरमछूवत गीत-गजल से भरल ई कविता-साँझ सुनवइयन के भाव विभोर क दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।