शरद सुहावन

– डाॅ. अशोक द्विवेदी

AKDwivedi-Paati

रतिया झरेले जलबुनिया
फजीरे बनि झालर झरे
फेरु उतरेले भुइंयाँ किरिनियाँ
सरेहिया में मोती चरे !

सुति उठि दउरेले नन्हकी
उघारे गोड़े दादी धरे
बुला एही रे नेहे हरसिंगरवा
दुअरवा प’ रोजे झरे
बुची चुनि-चुनि बीनेले फूल
आ हँसि हँसि अँजुरी भरे;
जब उतरेले भुइयाँ किरिनियाँ
सरेहिया में मोती चरे !!

चह चह चहकत चिरइयन से
सगरो जवार जगे
सुनि, अँगना से दुअरा ले तानल
मन के सितार बजे
छउँकत बोले बछरुआ;
मुँड़ेरवा प’ कागा ररे;
फेरु उतरेले भुँइयाँ किरिनियाँ
सरेहिया में मोती चरे !!

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।