श्वेता तिवारी बिगबास के विजेता बनली

कलर्स चैनल के रियलिटी शो बिगबास के विजेता श्वेता तिवारी बन गइली. चार लोग बाचल रहुवे घर में जवना में से श्वेता तिवारी पर सभकर नजर रहुवे कि उहे विजेता बनीहें आ ऊहे बनबो कइली. दुसरका जगह पर ग्रेट खली अइलन. मनोज तिवारी का साथ कंपटीशन में उनका के हरा के बाहर करवा देबे वाला अस्मित पटेल तीसरा जगह पर रहलन. अबकी के बिग बास कई कारण से विवादित रहल आ शायद सगरी विवाद पूर्व नियोजित रहल. अपना के निकालल गइला का बाद मनोज तिवारी ढेरे नाराज रहलन. उनकर शिकायत रहल कि उनका साथे बेइमानी भइल बा. बिगबास के विजेता कवनो महिला के बने के ई पहिला मौका ह. श्वेता तिवारी भोजपुरी फिल्म के अभिनेत्री रह चुकल बाड़ी. विजेता का रुप में उनुका एक करोड़ रुपिया के पुरस्कार मिली.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।