सदाबहार सुपरटस्टार रवि किशन

ravi-kishanसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपरस्टार हउवें रविकिशन जे लगातार दस साल से भोजपुरी सिनेमा के सिरमौर बनल बाड़ें. रवि किशन साल तेरहो में एक से बढके एक भोजपुरी फिलिम में नजर अइहें. रविकिशन ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में जमुना प्रसाद के भूमिका में बाड़न. ‘‘धुरंधर’’ में जुर्म के खिलाफ लड़े वाला युवक के भूमिका में. सुनील सिंन्हा के फिलिम ‘‘प्रतिबंध’’ में रविकिशन मोनालिसा संगे नजर अइहें त ‘‘प्रेम विद्रोही’’ क माध्यम से मौजूदा राजनीतिक हालात के दुर्दशा देखइहें रविकिशन. मशहूर निर्देशक दयाल निहलानी के फिलिम ‘‘छपरा के प्रेम कहानी’’ में रविकिशन रोमांटिक भूमिका में दक्खिन भारत के अभिनेत्री मधु शर्मा संगे बाड़ें. ‘‘साली बड़ी सतावेली’’ में रविकिशन के नायिका रहीहें सिनेमा भोजपुरी के हसीना रानी चटर्जी आ रिंकूघोष. एह फिलिम में रवकिशन के किरदारो सुपरेस्टार के बा.

एकरे अलावे रविकिशन के एह साल आवे वाली हिन्दी फिलिमन में जिला गाजियाबाद, मोहल्ला अस्सी, इश्क, आ यशराज फिल्म्स के ‘‘मेरे डैड की मारूती’’ बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. mehul trivedi

    nice pic sir ji

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।