सु्प्रीम कोर्ट कहलसि भाषण से पहिलही ओकरा के भड़काउ कइसे मानल जाव

नयी दिल्ली 25 अक्टूबर (वार्ता) उच्चतम न्यायालय कहले बावे कि नफरत फइलावे वाला भाषण के पहिलही से अंदाज लगा के रोके ला कवनो आदेश ना जारी क सके.

न्यायमूर्ति बी एस चौहान आ न्यायमूर्ति एस ए बोबदे के खंडपीठ अपना वैधानिक मजबूरी के हवाला देत कहलसि कि ऊ पहिलही ना तय कर सके कि कवनो आदमी कवना तरह के भाषण देबे वाला बा.

गोहार लगावे वाला के कहना रहल कि अनेक शिकायतन के बावजूद एह तरह के भाषण पहिले दे चुकल राजनीतिज्ञन के भाषण पर रोक लगावल जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।