सोना खातिर खोदाई के राज भउजी खोल दिहली

भउजी हो!
का बबुआ ?

हई उन्नाव में सरकार सोना खातिर खोदाई काहे करवावत बिया?
हम त रउरा के अतना बुड़बक ना बूझत रहीं.

ई का? हम तोहरा से सवाल पुछनी त तू हमरा के बूड़बक बतावे लगलू।
त रउरे बताईं उन्नाव कहाँ बा?

कानपुर का लगे.
आ कानपुर में का होखे वाला बा?

मोदी के रैली.
त रैली के हवा निकाले ला एह खोदाई के नौटंकी कइल जात बा. आ एह काम में चापलूस मीडयो धोती खोल के नाचत बावे. कोशिश बा कि सगरी धेयान मोदी पर से हटा के सोना पर लगा दीहल जाव आ यूपी में उनकर पहिला रैली फ्लाप बना दीहल जाव.

अरे भउजी, मान गइनी हम बुड़बक बानी. अतना सोझ बात समुझे में अतना समय लाग गइल हमरा.
चलीं कवनो बात नइखे, पँवड़ाके नदी में डूबेला. जेकरा पँवड़े ना आवे से बीच नदी में जइबे ना करे.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।